झोलाछाप डाक्टर के क्लिनिक आ नर्सिंगहोम सीज
-

काल्हु सिवान के सिविल सर्जन बसंतपुर में छापामारी कर के जनता हास्पीटल के नाम से चलावल जा रहल नर्सिंग होम पर ताला लगवा दिहले आ ओह अस्पताल के संचालक डा॰ ए॰के॰साह का खिलाफ थाना में एफआइआर लिखववलन. ई अस्पताल पिछला आठ साल से चलत रहुवे. गजियापुर में एगो दोसरा डाक्टर सुभाष का क्लिनिको पर छापा मारल गइल आ ओह डाक्टर के सर्टिफिकेट आ रजिस्ट्रेशन के जाँच करे के आदेश ओहिजा के प्रभारी चिकित्सक के दिहल गइल बा. डा॰ सुभाष का क्लिनिक पर ताला लगवा दिहल गइल बा.

पिछला दिने मुजफ्फरपुर में एगो एही तरह के फर्जी डाक्टर के क्लिनिक में एगो लड़िकी के मौत होखला का बाद बिहार में एह तरह के नर्सिंग होम आ क्लिनिक के जाँच शुरु हो गइल बा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts