बिहार के खबर, सोमार 22 अगस्त का दिने
  • मुख्यमंत्री नीतीश कुमार बाढ़ग्रस्त इलाका के हवाई दौरा कइले आ राहत के काम तेज करे के निर्देश दिहले. हर बाढ़ पीड़ित परिवार के एक क्विंटल अनाज आ बाइस सौ रुपिया के नकद सहायता दिहल जाई. खेत में खड़ा फसल के नुकसानो के मुआविजा दिहल जाई. अबही नुकसान के हिसाब लगावल जा रहल बा.
  • बिहार में पाँच सौ से बेसी आबादी वाला हर गाँव के पक्का सड़क से जोड़ल जाई.
  • सिवान जिला के बड़हरिया थाना के भदाई गाँव के एगो मतिसुन्न अपने परिवार के चार जने के चाकू मार के घवाहिल कर दिहलसि.
  • पूर्वी चंपारण के हरसिद्धि थाना के रानी छपरा गाँव में नदी में नहाये गइल दू गो सगी बहन डूब के मर गइली.
  • बक्सर शहर में राजेन्द्र केसरी नाम के एगो व्यवसायी के गोली मार के हत्या कर दिहल गइल जवना का विरोध में लोग बाजार बंद राखल आ सड़क जाम लगावल.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।