उत्तर प्रदेश के खबर

(शनिचर 24 सितम्बर)

  • बदायूं जिला के बिल्सी से बसपा विधायक योगेन्द्र सागर के पार्टी से निलंबित कर दिहल गइल बा.
  • प्रदेश में शिक्षक पात्रता परीक्षा के विज्ञापन अतवार का दिने जारी कर दिहल जाई आ सोमार से ओकर फार्म मिले लागी.
  • प्रदेश के रणजी टीम के कप्तान अब सुरेश रैना रहीहें. मौजूदा कप्तान कैफ अपने कप्तानी छोड़ के खाली बल्लेबाजी करे के कहले रहले. आरपी सिंह के उप कप्तान बनावल गइल बा.
  • संत कबीर नगर के खलीलाबाद टिसन का लगे जम्मूतवी एक्सप्रेस से कटा के गोरखपुर के एगो छात्रा के मौत हो गइल जबकि दोसरकी के गंभीर हालत में अस्पताल में भरती करावल गइल बा.
  • सूचना का अधिकार कार्यकर्ता आजु शनिचर के जन लोकपाल विधेयक का बारे में लोग के जागरूक बनावे खातिर प्रदेश के देहाती इलाका के पाँच सौ किलोमीटर लमहर यात्रा शुरू कइले.
  • लखनऊ-सीतापुर-दिल्ली रेल मार्ग पर शुक का रात एगो मालगाड़ी के छह डिब्बा पटरी से उतर गइल जवना का बाद रेल परिचालन बाधित हो गइल.
  • बरेली जिला में शुक का दिने पुलिस तीन गो तस्करन के 1.30 लाख रुपये से अधिका के जाली नोट का साथे गिरफ्तार कइलसि.
  • मऊ जिला में एगो सिपाही समेत तीन लोग का खिलाफ एगो नाबालिग लड़की का साथे सामूहिक बलात्कार के आरोप में मुकदमा दर्ज भइल बा.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..