उत्तर प्रदेश के खबर

(मंगल, 25 अक्टूबर)

  • कानपुर शहर में सोमार का दिने चलत टेलीविजन में विस्फोट भइला से टीवी देखत एगो लड़िकी मर गइल आ ओकर माता पिता बहुते घवाहिल हो गइले.
  • मिर्जापुर जिला में राजकीय रेलवे पुलिस एगो आदमी के आठ गो लड़िकन का साथे गिरफ्तार कर लिहलसि. लड़िकन के मजदूरी करे खातिर राजस्थाना ले जात रहुवे.
  • केन्द्र सरकार के योजना का तहत रामपुर जिला में पाँच गो अल्पसंख्यक कॉलेज खोलल जाई जवना पर कुल मिला के दस करोड़ रुपिया खरच होखी. अबहीं मकान बनावे खातिर पाँच करोड़ रुपिया जारी कर दिहल गइल बा.
  • बेर बेर आय प्रमाण पत्र बनवावे में आवे वाला परेशानी देखत सरकार एह प्रमाण पत्र के वैधता छह महीना से बढ़ा के तीन साल कर दिहले बिया. एह बीच अगर प्रमाण पत्र भुला गइल तबो दोसर प्रमाण पत्र जारी कर दिहल जाई.
  • भाजपा आरोप लगवले बिया कि जनता से डेराइल सरकार में हिम्मत नइखे कि ऊ निकाय चुनाव करवा ले. एहीसे एकरा के टारे के बहाना खोजात बा.
  • पारिवारिक कलह का चलते बलिया जिला के मनियर में एहो औरत आ ओकर बेटी जहर खा के मर गइली सँ. पहिले दुनु के बलिया जिला अस्पताल में भरती करावल गइल रहे बाकिर हालत खराब भइला पर बनारस भेज दिहल गइल जहवाँ इलाज का दौरान दुनु के मौत हो गइल.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।