खेल कूद : सायना नेहवाल भारत खातिर कांस्य पदक जीतली

लंदन ओलंपिक में आजु शनिचर का दिने महिला बैडमिंटन के एकल में तीसरा जगहा आ के कांस्य पदक जीत लिहली जब तीसरा जगहा खातिर होखत मैच में चीन के झिन वांग घवाहिल हो के खेलल छोड़ दिहली. अबही ले भारत के तीन गो पदक मिलल बा एह ओलंपिक में. सायना मिर्जा आ लिएन्डर पेस के जोड़ी आपन मैच हार के ओलम्पिक से बाहर हो गइल.

श्रीलंका में भइल पाँच गो एकदिना मैच शृंखला के पाँचवा मैच में भारत मेजबान श्रीलंका के बीस रन से हरा दिहलसि. भारत श्रीलंका के मैच जीते खातिर २९५ रन के निशाना दिहले रहुवे. एह शृंखला के चार गो मैच जीत के भारत विश्व रैंकिंग में दुसरका जगहा आ गइल.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।