हामिद अंसारी दुबारा उपराष्ट्रपति चुना गइलें

जइसन कि पहिलहीं से पता रहुवे यूपीए उम्मीदवार आ मौजूदा उपराष्ट्रपति हामिद अंसारी दुबारा उपराष्ट्रपति चुना गइलें. एह चुनाव में कवनो तरह के क्रास वोटिंग के खबर नइखे आ सगरी लोग अपना अपना राजनीतिक गोल का हिसाब से वोट दिहल. विपक्षी एनडीए उम्मीदवार जसवंत सिंह के एआईडीएमके के सांसदन के वोटो मिलल हालांकि बीजू जनता दल के सांसद, तेदेपा के सांसद आ आरसएपी के सांसद मतदान में शामिल ना भइलें.

एह चुनाव में लोकसभा आ राज्यसभा के सदस्य वोट डालेलें.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।