बक्सर। मुफसिल थाना के नदावं गांव के एगो पढ़ेवाला लइका अरविंद कुमार सिंह के अपहरण के जानि के पुलिस पूरा दिन भरे हलकान रहल। बाकि पुलिस इस मामला के संदेहे मानत रहहलि ह, एहि बीचे ओके देर राति के बक्सर के इटाढी रेलवे स्टेशन के क्रासिंग के लगिये बरामदगी हो गउए। घटना के बारे में इ बतावल जाता कि मंगलवार के भोरे भोरे जब लडि़का दिसा मैदान खातिर बघार में गइल रहुए। बीस बरिस के इ लइका मदन सिंह के एकलवता लडि़का ह जवन बी0ए0 के पहिला साल में पढ़त बा। ए घटना के सूचना पावला के बाद सदर अनुमंडल पुलिस पदाधिकारी डास0 शिब्ली नोमानी मउका पर पहुंचि गइलन तथा लइका के घरवाला से कुलिह जानकारी लिहलन ह। घटना के बारे में नोमानी जी बतउन कि पहिले त इ मामिला तनि घ मराइल लागत रहल ह आ पुलिस जब ओके बरामद करे खातिर हुमाच मारलसिह आ बरामद कइ लिहलिहसि । घर वाला लाूेग बतावल ह कि भेोरे में 5 बजे अरंविद घर से निकलुवन बाकि बहुते देरी ले जब ना अउवन त हमन के चिन्ता बढ़े लगुए, फेरू उनकर फोन अउए कि हमरा के अपहरण क ले ले बा लोग आ हमार हाथ पैर बांनिह के नजरबंद कर देले बाड़न स। एसडीपीओ बतवलन ह कि पूछताछ से पता चलुए कि दुपहरिया के एक बजे ले ओकर मोबाइल चालू रहुए आ माइ, बाप आ थानेदार सुशील यादव से बतियइबो करूए।
0 Comments