माइ-बाप के सेवा से बढि़के कवनो धर्म नाहीं

रेवती बलिया. बांसडीह विधान सभा क्षेत्र के भाजपा के नेताइन केतकी सिंह कहली ह कि माइ-बाप के सेवा कइल आ आदर कइल भगवान के पूजा कइला नाहेन ह। जे आदिमी अपना माइ बाप के सेवा सरधा के साथे करेला ओसे भगवानो बहुते खुस रहेलन। गायााट के एगो बड़हन समाजसेवी प्रभाकर सिंह के 15वां पुन्नतिथि पर एगो सरदान्जली सभा बोलावल गइल राहुए ओही में बोलत खाने इ बाति उहां के कहुवीं। सुरेन्द्र सिंह आ संजय सिंह दुइ सौ गरीब अउरतन के लूगा बांंटल आ सइ गो साधुअनो के अचला दीहल गउए। उहवां आइल सभे लोग स्व0 प्रभाकर सिंह के मूर्ति पर माला फूल चढ़उए लो।

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।