महाराजंगज सीट के उपचुनाव में अबकी दबंगई ना चली

राजद सांसद रहल उमाशंकर सिंह के निधन का चलते होखेवाला महाराजगंज लोकसभा उपचुनाव में अबकी दबंगई ना चल पाई. एह बाबत प्रशासन एक सौ पन्द्रह जने के नोटिस जारी कइले बा. एह लोग के सदर अनुमंडलाधिकारी का कार्यालय में हाजिर हो के बांड भरे के पड़ी. एह सूची में दाउदपुर के 80 आदमी, मांझी क्षेत्र के 15 आदमी आ एकमा इलाका के 20 आदमी शामिल बाड़ें, साथही अउरियो थाना से दागी लोगन के सूची माँगल गइल बा.

एह उपचुनाव में परचा दाखिला शुरू बा बाकिर अबहीं ले केहू आपन परचा दाखिल नइखे कइले.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।