गोपालगंज में कपड़ा व्यवसायी के अपहरण के अनेसा

गोपालगंज के कपड़ा व्यवसायी नितेश टिबडेवाल मंगल का दिन से गायब बाड़न. बतावल जात बा कि उनुका मोबाइल पर आइल फोन का बाद ऊ समय से पहिलही दुकान बढ़ा के चल दिहलन. ओकरा बाद से उनकर पता ना लागल. मोबाइल पर संपर्क ना हो पावल.बड़ी देर ले ना अइलें त पुलिस के खबर भइल आ पुलिस उनकर मोटरसाइकिल आ चप्पल एक जगह से बरामद कर लिहलसि, ओहिजे उनकर मोटर साइकिल लॉक हालर मे खड़ा मिलल आ जमीन पर कुछ खून के दागो नजर आइल. बतावल जात बा कि उनुका आवाज लगवला का बावजूद मुहल्ला के केहू ना निकलल आ शायद उनुका के चरपहिया गाड़ी से उठा ले गइले सँ. एह घटना के बारे में कवनो जानकारी नइखे मिलत कि के फोन कइले रहल, काहे मोटरसाइकिल लॉक मिलल वगैरह.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।