लालू यादव के गोहार खारिज कर दिहलसि सुप्रीम कोर्ट

सुप्रीम कोर्ट आजु मंगल का दिने बिहार के मुख्यमंत्री रहल आ चारा घोटाला के आरोपी लालू प्रसाद यादव के उ याचिका खारिज कर दिहलसि जवना में उ कहले रहलन कि सीबीआई के अदालत के जज बदल दिहल जाव काहे कि मौजूदा जज मंत्री पी॰के॰ शाही के रिश्तेदार हउवन आ उनुका रहते हो सकेला उनुका न्याय ना मिल पावे. सुप्रीम कोर्ट कहलसि कि मौजूदा जज नवंबर २०११ से मामिला के सुनवाई करत बाड़न आ पूरा उमेद बा कि उ कवनो पक्षपात ना करीहें. साथही अदालत मामिला के सुनवाई पुरा करे के निर्देश दिहले बिया.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।