बलात्कारी दरिंदन के फाँसी के सजा सुनावल गइल

पिछला 16 दिसंबर के दिल्ली मे एगो पारामेडिकल छात्रा संगे सामूहिक बलात्कार, बर्बर तरीका से ओकर हत्या करे वाला चारो अपराधियन के आजु साकेत के फास्ट ट्रैक कोर्ट में अतिरिक्त सत्र न्यायाधीश योगेश खन्ना फाँसी के सजा सुना दिहलें. अदालत का नजर में ई घटना दुर्लभ से दुर्लभतम के शर्त पूरा करत बा आ चारो अपराधी, अक्षय ठाकुर, विनय शर्मा, पवन गुप्ता, आ मुकेश सिंह, के तबले फाँसी पर लटकावल जाव जब ले एहनी के मौत नइखे हो जात.

चारो पर सामूहिक बलात्कार, हत्या, हत्या के कोशिश, अप्राकृतिक यौन संबंध बनावे, आ सुबूत मेटावे के दोष सही मनलसि अदालत आ बचाव पक्ष के पूरा मौका दिहला का बाद एकर फैसला सुना दिहलसि.
(वार्ता)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।