लालकिला पर अबकी नरेन्द्रे मोदी झंडा फहरइहें

जौनपुर में पत्रकारन से बतियावत भाजपा. के राष्ट्रीय महासचिव राजीव प्रताप रुडी कहलन कि देश के करोड़ो लोग के चाहत बा कि अबकी लालकिला पर झंडा नरेन्द्रे मोदी फहरावसु. कहलन कि प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह के कार्यकाल मे औद्योगिक उत्पादन खतम बा, रुपिया के दाम गिर के रसातल में चल गइल बा, रोजगार बनल बन्द हो गइल बा, सकल घरेलू उत्पाद चार फीसदी रह गइल बा आ देश कंगाली के दौर मे बा. विदेशी निवेश बंद हो गइल बा आ देश में आर्थिक अराजकता के हालात हो गइल बा.

रुढ़ी कहलन कि भ्रष्टाचार. कालाबाजारी आ विफल विदेशी नीति देश के नींव हिला दिहले बा. सरकार के गलत आर्थिक नीतियन का चलते महंगाई बढल बा. संप्रग सरकार के हुटहुटी चलत बा आ भाजपा देश के विकल्प देबे ला तइयार बा.

एहिजा एगो कार्यक्रम मे आइल रुढ़ी कार्यक्रम में कहलन कि देश मे राजनीति बिगड़ गइल बििया आ लोग के भरोसा उठ गइल बा नेता लोग से. जरूरत बा कि राजनीति में बढ़िया लोग आवे. क्षेत्रीय पार्टियन के मजबूत होखल देश खातिर शुभ ना रही, कहलन रुढ़ी.
(वार्ता)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..