बलात्कारी दरिंदन के फाँसी के सजा सुनावल गइल

पिछला 16 दिसंबर के दिल्ली मे एगो पारामेडिकल छात्रा संगे सामूहिक बलात्कार, बर्बर तरीका से ओकर हत्या करे वाला चारो अपराधियन के आजु साकेत के फास्ट ट्रैक कोर्ट में अतिरिक्त सत्र न्यायाधीश योगेश खन्ना फाँसी के सजा सुना दिहलें. अदालत का नजर में ई घटना दुर्लभ से दुर्लभतम के शर्त पूरा करत बा आ चारो अपराधी, अक्षय ठाकुर, विनय शर्मा, पवन गुप्ता, आ मुकेश सिंह, के तबले फाँसी पर लटकावल जाव जब ले एहनी के मौत नइखे हो जात.

चारो पर सामूहिक बलात्कार, हत्या, हत्या के कोशिश, अप्राकृतिक यौन संबंध बनावे, आ सुबूत मेटावे के दोष सही मनलसि अदालत आ बचाव पक्ष के पूरा मौका दिहला का बाद एकर फैसला सुना दिहलसि.
(वार्ता)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..