विदेशी महिला से फूहड़ हरकत करे वाला गिरफ्तार

वाराणसी मे अपना घर मे मेहमान बनाके ले आवल गइल एगो चीनी महिला के भाँग पीया के ओकरा साथे फूहड़ हरकत करे का आरोप में लंका इलाका के विवेक नगर कालोनी से पीयूष राय के गिरफ्तार कर लिहल गइल बा. पीयूष पर आरोप बा कि पिछला चौदह दिन से आर्थिक तंगी का चलते ऊ औरत उनुका घरे ठहरल रहुवे. बुध का रात ओकरा घर से पइसा आ गइल त ई लोग बाजार करे निकलल आ दशाश्वमेध इलाका मे भांग वाला ठंडई पीयल. नशा में चूर दुनु जने घरे अइलन जहाँ रात एक बजे ऊ औरत अचानके चिल्लाए लागल कि पीयूष ओकरा से नहात घरी फूहड़ हरकत कइलन.

पीयूष के घर वालन के कहना बा कि ओह औरत के भाँग के नशा उतारे ला ओकरा कपार पर पानी डलात रहे आ नशा में ओकरा लागल कि ओकरा साथे कुछ हरकत होत बा.

फिलहाल औह औरत का शिकायत पर पुलिस पीयूष के गिरफ्तार कर लिहले बिया.
(वार्ता)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।