इतिहास मे 16 सितंबर

1795..ब्रिटिश सैनिक दक्षिण अफ्रीका के केप टाउन पर कब्जा कइलें.
1857..टाइपराइटर मशीन के पेटेन्ट लिहल गइल.
1920..न्यूयार्क के वाल स्ट्रीट मे बम विस्फोट से 30 जने के मौत.
1928..फलोरिडा के ओकीचोबी मे तूफान का चलते नाहियो त 3000 लोग के मौत.
1931..खडगपुर के लगे हिजली जेल मे जेल अधिकारियन के गोली से दू गो राजनीतिक बंदी मरइले आ अनके घवाहिल भइले.
1941.. हिटलर एगो जर्मन नागरिक के मारे का बदले यूगोस्लाविया के 100 लोग के मारे के आदेश दिहलसि.
1947..जापान मे कैथलीन तूफान से नाहियो त 1930 लोग के मौत.
1962..तब के सोवियत रूस परमाणु परीक्षण कइलसि.
1977.. हिन्दुस्तानी शास्त्रीय गायिका केसर बाई केरकर के निधन.
1978..ईरान के ताबर मे 7.7 के तीव्रता वाला भूकंप से करीब 25 हजार लोग के मौत.
1987.. अमेरिकी अंतरिक्ष संस्थान नासा अंतरिक्ष यान एस.209 लांच कइलसि.
1992.. पाकिस्तान मे आइल बाढ मे करीब 900 लोग मरले.
2012 अफगानिस्तान के लघमान मे नाटो हवाई हमला मे छह गो महिला नागरिकन के मौत.
(वार्ता के सौजन्य से)
इतिहास में

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।