भोजपुरी सिनेमा के नयका जोड़ी आदित्य आ काजल


भोजपुरी सिनेमा के परदा पर एह साल एगो नया सुरुज उगे जा रहल बा जवना के नामो आदित्य बा. फिल्म पृष्ठभूमि से आवेवाला आदित्य ओझा वइसे त आईएएस के तइयारी करत बाड़न बाकिर अभिनय के शौख उनका के फिल्मी दुनिया में ले आइल बा. उनकर पिता दू गो हिन्दी फिल्म बना चुकल बाड़े . उनकरे बनावल भोजपुरी फिल्म “सुगना” से आदित्य अपना अभिनय कैरियर के शुरुआत कर रहल बाड़न आ साथ में बाड़ी काजल राघानी. एह जोड़ी के चरचा फिल्मोद्योग में अबहिये शुरु हो गइल बा. ब्राउन आईज का बैनर में बनल फिल्म “सुगना” के निर्देशन अजय ओझा कइले बाड़न. फिल्म में आदित्य के डबल रोल बा. अपना बारे में बतावत आदित्य कहले कि ऊ छपरा के हउवन आ दादी के प्यार का चलते भोजपुरी सिनेमा से आपन शुरुआत कइले बाड़न. दादी भोजपुरी छोड़ दोसर कुछ ना बोलसु. “सुगना” में आदित्य काजल का जोड़ी का साथ एगो अउरी जोड़ी वा राजीव दिनकर आ कल्पना शाह के. संगीत गुणवन्त सेन के आ गीत फणीन्द्र राव के लिखल बा. कहानी राजेश पाण्डेय के लिखल ह.


(स्रोत – उदय भगत)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *