एगारह हजार वोल्ट के तार गिरल, एक आदमी मरल चार आदमी घवाहिल

वाराणसी के मिर्जामुराद इलाका के नागेपुर गांव में आजु शुक का दिने 11 हजार वोल्ट के बिजली के तार टूट के गिर गइल जवना से एक आदमी के मौत हो गइल आ चार जने गम्हीराहे झँउस गइले.
पुलिस बतावत बिया कि पचीस साल के राजकुमार पटेल अपना घर मे बइठल टीवी देखत रहले. तले टीवी से धुआं निकलत देख बन्द करे गइल आ ओही से सट के रह गइल. ओकर मौत ओहिजे हो गइल.
एह बीच चार जने अउर झँउस गंइले ओह करेण्ट से आ कई एक घर में राखल बिजली के सामान जर के राख हो गइल.
घवाहिलन के अस्पताल में भरती करावल गइल बा.
(वार्ता)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।