जिला पार्षद मो॰ गाजी के हत्या का मामिला मे छह लोग पर केस दर्ज

बेतियां 21 अक्टूबर (वार्ता) पश्चिम चंपारण जिला के योगापट्टी इलाका में राजद जिला उपाध्यक्ष आ जिला पार्षद मो॰ गाजी के दू दिन पहिले भइल हत्या का मामिला में जिला परिषद के उपाध्यक्ष समेत छह लोग का खिलाफ योगापट्टी थाना मे मामिला दर्ज करावल गइल बा.

पुलिस अधीक्षक सुनील कुमार नायक बतवले कि 19 अक्टूबर के दिनदहाड़े कुछ लोग जिला पार्षद मो॰ गाजी के गोली मार के हत्या कर दीहल. एह मामिला में मो॰ गाजी के बेटा अबुलैस जिला परिषद उपाध्यक्ष संतोष कुमार राव उर्फ बबलू सिंह, लौरिया विधानसभा क्षेत्र से राजद के पूर्व प्रत्याशी शंभु तिवारी, योगापट्टी के पूर्व प्रमुख जयंत प्रसाद, दिनेश यादव, अनिल ठाकुर, अउर रामाकांत यादव के नामजद योगापट्टी थाना मे काल्हु देर साँझ एगो प्राथमिकी दर्ज करवले.

नामजद आरोपियन में से अनिल ठाकुर के गिरफतार क लिहल बा आ बाकी लोग के तलाशी ला टीम बनावल गइल बा. सगरी आरोपी फरार बाड़े.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।