नमो के रैली मे सर्वधर्म समभाव के झलक देखे के मिली

पटना 24 अक्टूबर (वार्ता) भाजपा.का ओर से प्रधानमंत्री पद के उम्मीदवार नरेन्द्र मोदी के पटना रैली में प्रदेश के पौराणिक,ऐतिहासिक जगहन का साथही सर्वधर्म समभाव के झलको देखे के मिली लोगन के.

प्रदेश भाजपा का ओर से पटना के ऐतिहासिक गांधी मैदान मे 27 अक्टूबर के बोलावल एह “हुंकार रैली” खातिर पार्टी पूरा उछाह में बिया.

रैली ला गांधी मैदान मे नौ फीट ऊचां विशाल मंच बनावल जात बा. स्टील के एह मंच के दिल्ली से मँगावल गइल बा आ ई प्रीफैब्रिकेटेड बा. एह चलते कमे समय में तइयार हो जाला आ एकरा मजबूती के कवनो सानी नइखे. एह मंच पर रैली के दिन नरेन्द्र मोदी के अलावा राष्ट्रीय स्तर के नेता बइठीहें जबकि एकरा से सटल कंक्रीट के पहले से बनल मंच पर प्रदेश भाजपा के नेता आ विधायकन के बइठे के इंतजाम बा.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।