सिवान सेन्ट्रल कोआपरेटिव बैक पर पांच लाख रुपिया जुर्माना लागल

नयी दिल्ली. 25 अक्तूबर (वार्ता) रिर्जव बैक बिहार के सिवान सेन्ट्रल कोआपरेटिव बैक लिमिटेड पर अपना ग्राहकन के जानेवाला केवाईसी आ मनी लांड्रिंग दिशा निर्देश के पालन ना कइला का चलते पांच लाख रुपिया के जुर्माना लगा दिहले बावे.

एहसे पहिले रिर्जव बैक सिवान सेन्ट्रल कोआपरेटिव बैक के कारण बताओ नोटिस जारी कइले रहे जवना के लिखित जवाब मिलला का बाद आ जाँच पड़ताल कइला का बाद रिजर्व बैंक पवलसि कि बैंक एह दिशा निर्देशन जम के लँघले बिया.एहसे कोआपरेटिव बैक पर जुर्माना लगावल जरूरी बा.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।