डाँट का डर से जहर खा के जान दिहलसि

सिवना जिला के महोदीपुर में सोरह साल के एगो लड़िका घर वालन से डाँट मिले का डर से जहर खा के जान दे दिहलसि.
बियफे रात के उ अपना घर के टेम्पू ले के सिवान गइल रहे जहाँ गश्ती पुलिस ओकरा के पकड़ लिहलसि आ टेम्पू के थाना ले के चल गइल. राजन घरवालन का डाँट का डर से घरे ना लवटल आ जहर खा लिहलसि. एह बात के जानकारी मिलते पुलिस टेम्पू छोड़ दिहलसि बाकिर तब ले त राजन के जान चल गइल रहे. बाद में ओही टेम्पू से पुलिस राजन के लाश ले के सदर अस्पतला चहुँपल.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।