टटका खबर, 24 जनवरी 2017

यूपी चुनाव ला 403 में से 371 सीट पर उम्मीदवार दे चुकल भाजपा के सूची में एकहु मुस्लिम नाम नइखे।
जबकि दोसरा तरफ सपा, कांग्रेस, बसपा मुस्लिम वोट खातिर हर संभव कोशिश करत बाड़े। ऊपर से भाजपा के प्रदेश अध्यक्ष आज दावा कइलन की भाजपा के सरकार बनल त अयोध्या में राम मंदिर बनवा दीहल जाई।

बिहार भाजपा नेता सुशील मोदी केंद्र सरकार से निहोरा कइलन कि आरक्षण सीमा 50 से बढ़ा के 60 फीसदी क दीहल जाय। जबकि हालही में संघ के एगो बयान के गलत तरीका से पेश क के भाजपा के आरक्षण विरोधी जतावे के कोशिश करत बाड़े विपक्षी।

चुनाव का चलते चलेवाला जात पुलिस अभियान में मोटर साईकिल से भागत तीन गो लुटेरा जौनपुर में धरइले। ओकनी का लगे से तीन गो तमंचा, कारतूस, अउर चोरावल मोटर साइकिल मिलल।

गोंडा के करनैलगंज कस्बा बाजार इलाका में पुलिस चेकिंग में दू गो गाड़ी से तीन लाख से अधिक के नगदी बरामद भइल।

हाल में जोड़ल गइल 17 गो अनुसूचित जाति के लोग आरक्षित सीट से चुनाव ना लड़ पइहें। इलाहाबाद हाई कोर्ट अइसन फैसला दिहले बा।

अमेरिका के नयका राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रम्प आजु मंगल के रात भारत के प्रधान मंत्री नरेंद्र मोदी से बतियइहें।

मॉरीशस के प्रधानमंत्री सर अनिरुद्ध जगनाथ अपना बेटा प्रविन्द जगनाथ के प्रधान मंत्री बनवा दिहलन। ओहिजा के विपक्ष एह बात से नाराज बा आ फेर से चुनाव करवावे के मांग करत बा।

अखिल भारतीय फुटबॉल फेडरेशन के नाम बदल के फुटबाल इंडिया करे के सोचल जात बा।

गोरखपुर में सिंघड़िया इलाका के न्यू कालोनी के एगो नवहिन काल्हु जेल से छूट के अइला का बाद फांसी लगा के जान दे दिहलसि।
21 बरीस के सपना पाण्डे के एगो नवही के खून करे का मुकदमा में डेढ़ बरीस पहिले गिरफ्तार क के जेल भेज दीहल गइल रहुवे।

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।