जेटली उत्तर प्रदेश से, रविशंकर बिहार से राज्यसभा प्रत्याशी


नयी दिल्ली 07 मार्च (वार्ता). राज्यसभा के दुबरिसा चुनावन ला भारतीय जनता पार्टी आजु अपना आठ गो उम्मीदवारन के एलान क दिहलसि. वित्त मंत्री अरुण जेटली उत्तर प्रदेश से, कानून मंत्री रविशंकर प्रसाद बिहार से आ पेटोलियम मंत्री धर्मेंद्र प्रधान के मध्य प्रदेश से टिकट दीहल गइल बा.

एकरा अलावे स्वास्थ्य मंत्री जगत प्रकाश नड्डा के हिमाचल प्रदेश से, सामाजिक न्याय अउर अधिकारिता मंत्री थावर चंद गहलोत के मध्य प्रदेश से, कृषि राज्य मंत्री पुरूषोत्तम रूपाला आ सड़क परिवहन राज्य मंत्री मनसुख लाल मंडाविया के गुजरात से प्रत्याशी बनावल गइल बा. पार्टी महासचिव भूपेंद्र यादव के राजस्थान से उम्मीदवार बनावे के एलान कइल गइल बा.

भाजपा के केंद्रीय चुनाव समिति का बइठक का बाद जेपी नड्डा उम्मीदवारों के नाम के सूची जारी कइलन. इ सगरी नेता एह घरी राज्यसभा के सदस्य बाड़ें आ एह लोग के मौजूदा कार्यकाल दू अप्रैल के पूरा हो रहल बा. राज्यसभा के दुबरिसा चुनाव 23 मार्च के होखे जा रहल बा.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।