एनडीए पर संकट के बदरी घेरलसि
-


टीवी का सोझा से, 7 मार्च, अबहीं अबहीं खबर आइल शुरु भइल बा कि तेलुगू देशम गोल एनडीए से बाहर निकले के मन बना लिहले बावे.
बतावल जात बा कि दू गो मंत्री आपन इस्तीफा अपना मुख्यमंत्री के सँउप चुकल बाड़ें आ एह लोग का साथही तेलुगू देशम के बीसो सांसदो आपन इस्तीफा सँउप चुकल बाडें.
कुछ देर पहिलहीं वित्त मंत्री अरुण जेटली एह मामिला के सलटावे के आखिरी कोशिश करत कहले रहलन कि आंध्र प्रदेश के विशेष पैकेज दीहल जा रहल बा.
बाकिर लागत बा कि चंद्र बाबू नायडू कुछ योजना बना के तय कर चुकल बाड़न कि एनडीए से बाहर निकले के बा. 2019 में होखे वाला लोकसभा चुनाव के मद्दे नजर भाजपा विरोधी गोलबन्दी के नेता पद के दौड़ शुरु हो गइल बा. आ सभे चाहत बा कि ओकर नाम पीछे मत छूट जाव. दोसरे हर गोल के डर लागत बा कि अगर भाजपा शून्य से दू तिहाई बहुमत ले चहुँप सकेले त हर गोल के वजूद खतरा में बा.
मामिला गरम बा आ राति होखत होखत पता ना का का होखे जा रहल बा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts