बरीसन बाद अइसन तगड़ा मार मरइले पाकिस्तानी इशारा पर नाचेवाला आतंकी

(प्रतीक फोटो)

अवंतिपोरा 01 अप्रैल (वार्ता). दक्खिन कश्मीर में आजु मुठभेड़ के तीन गो अलग-अलग घटना में 11 गो आतंकवादी मारल गइलें बाकिर हमनी के तीन गो जवानो शहीद हो गइले.
एह दौरान आतंकियन के कवच बने का कोशिश में दू गो कश्मीरियनो के मौत हो गइल आ 40 जने घवाहिलो हो गइले.
एह बीच अफवाह पसरे से रोके खातिर शनिचर रतिए से एह इलाकन में मोबाइल इंटरनेट सेवा पर प्रतिबंध लगा रखले बावे प्रशासन. साथही सुरक्षा कारणन से श्रीनगर आ बनिहाल अउर जम्मू का बीच रेल सेवा रोक दीहल गइल बा.
जाने जोग बाति बा कि एही इलाका में शनिचर राति एगो एसपीओ के ओकरा घरे में मार दिहले रहले सँ आतंकी आ एक आदमी घवाहिलो भइल रहुवे.
पुलिस महानिदेशक एस पी वैद्य बतवलें कि शोपियां के काचडोरा में तीन गो अउरी आतंकियन के लाश मिलला का बाद कुल्ह मराइल आतंकियन के गिनिती रिकार्ड बनावत 11 गो हो गइल. एकदिन में अतना आतंकी पहिले कबो ना मराएल रहलें. कहलन कि काचडोरा में मराइल आतंकियन के अउरी लाश मिले के उमेद बा आ तब ई गिनिती अउरी बढ़ सकेला.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।