बरीसन बाद अइसन तगड़ा मार मरइले पाकिस्तानी इशारा पर नाचेवाला आतंकी

(प्रतीक फोटो)

अवंतिपोरा 01 अप्रैल (वार्ता). दक्खिन कश्मीर में आजु मुठभेड़ के तीन गो अलग-अलग घटना में 11 गो आतंकवादी मारल गइलें बाकिर हमनी के तीन गो जवानो शहीद हो गइले.
एह दौरान आतंकियन के कवच बने का कोशिश में दू गो कश्मीरियनो के मौत हो गइल आ 40 जने घवाहिलो हो गइले.
एह बीच अफवाह पसरे से रोके खातिर शनिचर रतिए से एह इलाकन में मोबाइल इंटरनेट सेवा पर प्रतिबंध लगा रखले बावे प्रशासन. साथही सुरक्षा कारणन से श्रीनगर आ बनिहाल अउर जम्मू का बीच रेल सेवा रोक दीहल गइल बा.
जाने जोग बाति बा कि एही इलाका में शनिचर राति एगो एसपीओ के ओकरा घरे में मार दिहले रहले सँ आतंकी आ एक आदमी घवाहिलो भइल रहुवे.
पुलिस महानिदेशक एस पी वैद्य बतवलें कि शोपियां के काचडोरा में तीन गो अउरी आतंकियन के लाश मिलला का बाद कुल्ह मराइल आतंकियन के गिनिती रिकार्ड बनावत 11 गो हो गइल. एकदिन में अतना आतंकी पहिले कबो ना मराएल रहलें. कहलन कि काचडोरा में मराइल आतंकियन के अउरी लाश मिले के उमेद बा आ तब ई गिनिती अउरी बढ़ सकेला.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *