एक उम्मीदवार एके जगह से चुनाव लड़े – एह बाति के समर्थन कइलसि चुनाव आयोग

नयी दिल्ली, 04 अप्रैल (वार्ता). निर्वाचन आयोग एह बाति के समर्थन कइले बावे कि एक उम्मीदवार के एके सीट से चुनाव लड़े के चाहीं. एकरा बाद सुप्रीम कोर्ट अब केन्द्र सरकार से आपन राय देबे के कहले बावे.
मुख्य न्यायाधीश दीपक मिश्रा, न्यायमूर्ति ए एम खानविलकर अउर न्यायमूर्ति डी वाई चंद्रचूड़ के बेंत आजु भाजपा नेता अश्विनी कुमार उपाध्याय के याचिका के सुनवाई करत कहलसि कि – हमनी का एटर्नी जनरल के. के. वेणुगोपाल से एह मामिला में सहयोग मंगले बानी जा आ ऊ सहयोग करे ला मान गइल बाड़न. बाकिर याचिका के जवाब ला कुछ समय मंगले बाड़न.
अब वेणुगोपाल के निहोरा मानत उनुका के समय दे दीहल गइल बा आ मामिला के अगिला सुनवाई जुलाई के पहिला हप्ता में कइल जाई.
याचिका में कहल गइल बा कि एक से अधिका सीट से चुनाव लड़ल गलत बाति बा आ एकरा के खतम करे के जरूरत बा. चुनाव आयोग अपना हलफनामा में कहले बावे कि एहसे सरकारी खजाना पर बेमतलब के बोझा बढ़ेला. बाद में दुनु सीट जीते वाला जब एक सीट खाली करेला त ओह सीट पर दुबारा चुनाव करावे में होखे वाला खरचा ओह उमीदवारे से वसूले के चाहीं.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *