मुम्बई 04 अप्रैल (वार्ता). अमेरिका आ चीन के व्यापारिक लड़ाई का चलते आजु ढेराइल निवेशक भारत के शेयर बाजार में बिकवाली करे लगलें आ शेयर बाजार शुरुआती बढ़त बनवलाका बावजूद गिर के बंद भइल.
जालकारन के कहना बा कि दुनिया के मौजूदा हालात जोखिम भरल निवेश का उलुटा हो गइल बा. एक तरफ अमेरिका आ चीन व्यापारिक लड़ाई लड़े में लागल बाड़ें दोसरा तरफ फेसबुक, अमेजन अउर एप्पल जइसन कंपनी सब दबाव में आ गइल बाड़ी सँ. फेसबुक डाटा चोरी से परेशान बा, अमेजन पर अमेरिका के राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रंप नजर टेढ़ कइले बाड़न, एप्पल के नयका आईफोन के बिक्री कमजोर बा, त गूगल का लगे नया कुछ नइखे.
आजु शुरुआती कारोबार में ऑटो, रियल्टी आ इंडस्ट्रियल्स के सूचकांक बढ़त बनवले रहलें बाकिर जइसहीं खबर मिलल कि चीन अमेरिका के 106 सामान पर 25 फीसदी के आयात शुल्क लगा दिहलसि, बाजार ढिमलाइल शुरू क दिहलसि.
एही बीच निवेशकन के चिंता रिजर्व बैंक के मौद्रिक नीति समीक्षा बइठको का चलते बढ़ गइल बा.
0 Comments