उप्र के 11 जिला बाढ़ का चपेट में

लखनऊ, 19 अगस्त (आईएएनएस). उत्तर प्रदेश के कम से कम 11 जिला बाढ़ का चपेट में बा. बाढ़ का चलते करीब दू लाख लोग प्रभावित भइल बा आ दू हजार हेक्टेयर से अधिका में फसल बरबाद हो गइल बा.

राज्य में घाघरा, शारदा, सरयू, गंगा अउर यमुना का साथे-साथ रामगंगा, मालन, कोसी, मोहानी आ कर्णाली जइसन छोटहनो नदी खतरे का निशान से ऊपर बहत बाड़ी सँ. राज्य सरकार एह हालात से निपटे खातिर केंद्र से राष्ट्रीय आपदा राहत मँगले बिया.

पूर्वी उत्तर प्रदेश के बाराबंकी, गोंडा, बहराइच, फैजाबाद, सीतापुर, लखीमपुर खीरी, गाजीपुर आ बलिया में घाघरा, शारदा, सरयू, गंगा आ राप्ती के उफनइला से 200 से बेसी गाँव पर असर पड़ल बा.

पश्चिमी उत्तर प्रदेश के फरु खाबाद, मुरादाबाद, मुजफ्फरनगर अउर पीलीभीत में गंगा, रामगंगा आ कोसी के उफनइला से करीब 75 गो गांव बाढ़ का चपेटा में पड़ल बाड़े. मुरादाबाद में दिल्ली-लखनऊ राष्ट्रीय राजमार्ग पर बाढ़ का चलते पिछला चार दिन से यातायात ठप्प बा.

ओने मौसम विभाग ने अगिलो 24 घंटा का दौरान बरखा के सिलसिला जारी रहे के अनेसा बतवले बा.

(इंडो-एशियन न्यूज सर्विस)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।