भारी बरखा आ बाढ़ का चलते यूपी में सतहत्तर आदमी के मौत

लखनऊ, 19 अगस्त (आईएएनएस). उत्तर प्रदेश के राहत आयुक्त के. के. सिन्हा बतवले कि एह साल जुलाई से अब ले भारी बरखा आ बाढ़ से मकान-दीवार ढहला, पेड़ गिरला समेत बरखा से जुड़ल दोसरो हादसा में 77 लोग के मौत हो चुकल बा.

ऊ बतवले कि एह मानसून में राज्य के 72 में से 46 जिला में औसत से बेसी बरखा भइल बा. राज्य के 14 जिला घाघरा, शारदा आ दोसरा बड़की नदियन के बाढ़ से प्रभावित भइल बा.

राज्य के 300 से बेसी गांवन के करीब तीन लाख आबादी बाढ़ से प्रभावित भइल बा आ बड़हन मात्रा में खरीफ के फसल बरबाद भइल बा.
(इंडो-एशियन न्यूज सर्विस)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।