गुंजन कपूर के गूंजत सफर

अभिनेत्री गुंजन कपूर के नाम भोजपुरी सिनेमा में सफलता के पर्याय बन गइल बा. दर्जन भर से बेसी फिल्म कर चुकल गुंजन कपूर आजुकाल्हु अपना करियर के सुनहुला सफर पर सवार बाड़ी. पिछला दिने गुंजन कपूर से निर्देशक बृजभूषण के फिल्म “पापी के पाप काहे गंगा धोए” का सेट पर मुलाकात भइल जब ऊ फिल्म के नायक अजय दीक्षित का साथे एगो रोमांटिक सीन करत रहली. अपना आ अपना करियर का बारे में बतावत गुंजन कहली कि उनका आजुवो चुंबन आ फूहड़ सीन कइल पसन्द नइखे. एगो अभिनेत्री का रुप में ऊ आपन गरिमा बनवले राखल पसन्द करेली. वइसने भूमिका करेली जवन ऊ अपना परिवार का साथे बइठ के देख सकसु.

गुंजन सकरली कि पंजाबी, गुजराती, आ हिन्दी के फिल्म कइला का बाद भोजपुरी बोले में दिक्कत होत रहुवे, बाकिर अब उनका भोजपुरी नीक आ बहुते मीठ लागे लागल बा. भोजपुरी सिनेमा अब उनका आपन परिवार जइसन लागेला. सबले बढ़िया बाति ई होला कि भोजपुरी फिल्म जल्दी तइयार हो जाली सँ आ हिन्दी फिल्मन का तरह बरिसन इन्तजार ना करे के पड़े. अबही ले ऊ तीने गो हिन्दी फिल्म कर चुकल बाड़ी. उनकर सपना बा कि उनका मुख्यधारा के हिन्दी सिनेमा में बढ़िया आ मजगर मौका मिलो.

फिल्म “पापी के पाप काहे गंगा धोए” के शूटिंग छपरा जिला के एकमा गाँव आ गंजपर गाँव में २२ अक्टूबर से चल रहल बा. ई २५ दिन ले चले वाला बा. निर्देशक बृजभूषण बतवले कि ई फिल्म एगो साँच घटना पर आधारित बा. फिल्म के नायक अजय दीक्षित के फिल्म “बेटवा बाहुबली” बिहार में सुपर हिट रहल रहे आ “नजरिया तोहसे लागी” ओ बिहार में निमन कमाई कइले रहुवे.


(स्रोत – संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।