बिहार के खबर, बियफे 25 अगस्त का दिने
  • बिहार के समस्तीपुर जिला के दू गो ट्रक मालिकन का बीच झगड़ा में दू लोग के मौत हो गइल.
  • अभयानंद के बिहार के पुलिस महानिदेशक बनावल जाई. १९७७ बैच के अभयानंद इकतीस अगस्त के रिटायर होखे वाला नीलमणी के जगहा लीहे.
  • मुजफ्फरपुर में काल्हु भइल बाघ एक्सप्रेस के सवारियन आ पुलिस का बीच भइल मारपीट से खिसियाइल लोग ढोली स्टेशन पर ट्रेन रोक दिहल. बाद में प्रशासन का दखल का बाद ट्रेन चलल बाकिर एह अफरातफरी में एगो नौजवान रेलगाड़ी से कटा गइल.
  • कैमूर के मोहनियां में उसरी गाँव का लगे एगो सड़क दुर्घटना में दू गो पर्यटक के मौत हो गइल आ तिन जने घवाहिल हो गइले.
  • एह साल बिहार सरकार का तरफ से एक लाख से बेसी महादलित परिवार के मकान बनावे खातिर जमीन दिहल जाई.
  • छपरा में २ सितम्बर से सेना के बहाली होखे वाला बा. एह खातिर प्रमाणपत्र बनवावे में दिक्कत आ रहल बा जवना का खिलाफ खिसियाइल लड़िका काल्हु प्रदर्शन कइले आ समाहरणालय जाये वाली सड़क पर जाम लगवले. बाद में थाना प्रभारी आ के अपना देखरेख में फार्म जमा करववले.
  • पूर्वी चंपारण के छतौनी के एगो व्यापारी के गोली मार के ओकरा लगे से दस लाक रुपिया लूट लिहल गइल.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।