राजपिपला में जमल बाड़े निरहुआ ब्रदर्स

भोजपुरी फिल्म के किंग स्टार दिनेश लाल यादव आ यंग स्टार जूनियर निरहुआ प्रवेशलाल यादव आजुकाल्ह राजपिपला में जमल बाड़े. कारण बा भोजपुरी के मशहूर फिल्म मेकर आदिशक्ति इंटरटेनमेंट आदिशक्ति इन्टरटेनमेंट के मल्टीस्टारर फिल्म “दुश्मन” के शूटिंग.

एह फिल्म में दुनु भाई फिल्मों में सगा भाई का किरदार में बाड़े. आ रियल लाइफ का तरह रिलो लाइफ में एह लोग के जिनिगी मस्ती से भरल बा. निरहुआ बड़ भाई का भूमिका में बाड़े जे अपना परिवार के जिम्मेवार लड़िका हऽ. जूनियर निरहुआ शहर में रहि के पढ़े वाला मस्तमौला युवक. निरहुआ के साथ दे रहल बाड़ी उनकर लकी हीरोइन पाखी हेगडे जबकि प्रवेश के साथे बाड़ी शुभी शर्मा.

दुर्गा प्रसाद मजुमदार के बनावल आ राजकुमार आर॰ पाण्डे के निर्देशित एह फिल्म का शूटिंग का साथ साथ निरहुआ ब्रदर्स मस्ती का साथे संग रहि के आपन समय बितावत बाड़े.


(स्रोत – प्रशान्त निशान्त)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।