दर्शक पसन्द करे लागल बाड़े अनिल सम्राट के अदाकारी

हालही में रिलीज भोजपुरी फिल्म “दरार” से नायक का रुप में आपन अभिनय पारी शुरु करे वाला अनिल सम्राट के अदाकारी के दर्शक पसन्द कर रहल बाड़े. जब जब उनकर इन्ट्री परदा पर हो रहल बा दर्शक उनकर जोरदार स्वागत कर रहल बाड़े. सोनाली जोशी का साथ उनकर जोड़ीओ लोग के निमन लागत बा. अनिल सम्राट के कुछ दर्शक चाकलेटी हीरो कहत बाड़े त कुछ लोग उनका के यंग स्टार का रुप में देखत बाड़े.

बतावे लायक बाति बा कि अनिल सम्राट एह से पहिले “प्रतिज्ञा” आ ” दे द पिरितिया उधार” के निर्माण कर चुकल बाड़े आ दुनु सफल रहली सँ. अबहीं अनिल सम्राट के दू गो फिल्म फ्लोर पर बाड़ी सँ.


(स्रोत – प्रशान्त निशान्त)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।