ममता ला कांग्रेसी ममता

– टीम अंजोरिया

#चुनाव #पश्चिम-बंगाल #ममता #कांग्रेस #तृणमूल #भाजपा

(मनोरंजन)

ममता ला कांग्रेसी ममता

congress-protects-mamta

आजादी का बाद से आजु ले कांग्रेस हमेशा हिन्दू हित का खिलाफ काम करत भा योजना बनावत आइल बिया। पहिले त इतिहास मेंं मुगल काल के प्रशंसा आ हिन्दू राजावन के कमतर देखावे के कोशिश। मुसलमानन खातिर देश बाँट दिहला का बादो करोड़ों मुसलमानन के भारते में रोक राखे के साजिश। जिन्ना त कहते रहल कि – लड़ के लिया है पाकिस्तान, हँस के लेंगे हिन्दुस्तान। काहे कि ओकरा मालूम रहल कि कांग्रेस अपना गद्दी का लालच में मुसलमानन के हित रक्षा में जुटल रही। पाकिस्तान से भारत आवे वाला लोगन के सगरी संपति पाकिस्तानी हथिया लिहले सँ बाकिर हिन्दुस्तान छोड़ के पाकिस्तान जाए वालन के सगरी संपति वक्फ बना के सँउप दिहल गइल। कांग्रेस त इहाँ ले कर दिहलसि कि एक बेर वक्फ जवना संपति के आपन बता दी तवन संपति ओकर हो जाई आ एकरा खातिर कवनो अदालती सुरक्षा ना मिली जेकर संपति छिना जाई।

अब अगिला महीना देश के चार गो राज्यन आ एगो केन्द्र शासित प्रदेश के विधानसभन के चुनाव होखे जा रहल बा। कांग्रेस के हर जगहा बदहाल लउकत बिया। बाकिर अउर कवनो गोल जीत जाव त जीत जाव भाजपा के ना जीते देबे के लालसा में हर कर्म-कुकर्म करे ला तइयार कांग्रेस अब पश्चिम बंगाल में ममता पर ममता देखावे के फैसला कइले बिया। आजु एलान कर दिहलसि कि पश्चिम बंगाल के हर सीट पर कांग्रेस अकेले चुनाव लड़ी। ओकर सोच ई बा कि एहसे ममता विरोधी वोट बँट जाई आ ममता आसानी से फेरु जीत जइहें। ममता का खिलाफ सत्ता विरोधी लहर साफ लउके लागल बा आ अगर मुकाबला दू ध्रुवीय हो जाई त एहसे भाजपा के जीते के मौका मिल सकेला। आ कांग्रेस एही संभावना के नकारे खातिर पश्चिम बंगाल के हर सीट पर लड़े के ऐलान कइले बिया।

सबसे पहिले त ई देखे जोग होखी कि का कांग्रेस का लगे अतना उमीदवार बाड़न कि ऊ हर सीट से उमीदवार दे पाई? शायद ऊ तृणमूले के ओह मौजूदा विधायकन के अपना टिकट पर लड़वावे के सोचत होखे जिनका के तृणमूल के टिकट अबकी नइखे मिलल। कांग्रेस के कोशिश इहो रही कि ओवैसी आ बाबरी मस्जिद बनवावत कबीर के गठबन्हन के मुसलमान वोट एकतरफा ना जा सके आ एहू में बँटवारा हो जाव। दोसरे हिन्दू उमीदवार उतार के कांग्रेस कई जगहा भाजपा के हिन्दू वोट बैंक में सेंध लगा दी। आ एकर सीधा फायदा तृणमूल के हो जाई। जवन छिटपुट विधायक कांग्रेस के जीतियो जइहें त उहो चुनाव बाद ममता के गोल में शामिल होईए जइहें सँ।

0 Comments

Submit a Comment

आपका ईमेल पता प्रकाशित नहीं किया जाएगा. आवश्यक फ़ील्ड चिह्नित हैं *



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।