"हमार सईयां दरोगा" के शूटिंग पूरा हो गइल

शिव आशिष सिने विजन का बैनर में बनल पारिवारिक भोजपुरी फिल्म ‘‘हमार सईयां दरोगा’’ के शूटिंग पिछला दिने झारखण्ड के गिरीडीह शहर में कइल गइल. ई फिलिम पूरा तरह से एगो साँच घटना पर बनावल गइल बा. फिल्म के निर्देशन रितुराज के बा. एह फिल्म में कुल आठ गो गाने बा जवनन के रौशन शर्मा आ कोमल ढिल्लन पर बखूबी फिल्मावल गइल बा. एह फिल्म का जरिये अभिनेता रौशन शर्मा के भोजपुरी सिनेमा में लांच कइल जा रहल बा.

फिल्म के निर्माता उपेन्द्र शर्मा, निर्देशक रितुराज, गीत-संगीत धनंजय मिश्रा, छायांकन हिमांशू, नृत्यनिर्देशन रितुराज के आ मारधाड़ निर्देशन शमीम के बा. कलाकारन में रौशन शर्मा, कोमल ढिल्लन, जफर खान, एस. के. भारद्वाज, विजय खरे, सिराज खान वगैरह शामिल बाड़े.


(संजय भूषण पटियाला के रपट)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।