भोजपुरी वेबसीरीज महाश्मशान के मुहूर्त
- धीरज मिश्र

भोजपुरी वेबसीरीज महाश्मशान के मुहूर्त कइली दीपिका चिखलिया

पिछला 23 मई 2026 का दिने मशहूर अभिनेत्री दीपिका चिखलिया एगो भोजपुरी वेब सीरीज ‘महाश्मशान’ के मुहर्त कइली। एह मौका पर निर्माता लेखक धीरज मिश्रा, सह निर्मात्री इशिका मिश्रा, निर्देशक राजा रणदीप गिरी, अभिनेता कुणाल सिंह राजपूत, गोलू तिवारी, प्रशांत राय, परी, गौरव उपाध्याय,जीसान खान, लाइन प्रोड्यूसर महेश उपाध्याय उपस्थित रहलें।

महाश्मशान वेबसीरीज के टीम के आपन शुभकामना देत दीपिका चिखलिया कहली कि एकर मथैले एगो उमीद जगा देत बा कि ई सीरीज नीमन बनी. ‘स्टेज’ के तारीफ करत दीपिका कहली कि क्षेत्रीय भाषा में ई बहुते बढ़िया काम कर रहल बावे।

निर्माता धीरज मिश्रा आभार जतवलन कि दीपिका चिखलिया जी उनुका वेब सीरीज के मुहर्त कइली। कहलन कि उनुका उमेद बा कि देखेवालन के ई सीरीज बहुते पसन्द आई।

सह निर्मात्री इशिका मिश्रा बतवली कि एह सीरीज ला बहुते मेहनत हो रहल बा आ विश्वास बा कि ई वेबसीरीज दर्शकन के आकर्षित करी।

निर्देशक राजा रणदीप गिरी बतवलन कि एगो अनोखा कहानी पर बनल ई वेबसीरीज ‘महाश्मशान’ देखेवालन के सोचे पर मजबूर कर दी। कहलन कि एही मई महीना का आखिर ले एकर शूटिंग शुरू क दीहल जाई आ जल्दिये एकरा के रिलीजो कइल जाई।

भोजपुरी वेब सीरीज ‘महाश्मशान’ जीवन के अनेके पहलू देखाई। एह सीरीज के मुख्य कलाकारन में कुणाल सिंह राजपूत, गोलू तिवारी, प्रशांत राय, परी सिंह, गौरव उपाध्याय, शिवम सिंह, विवेक त्रिपाठी, अउर जीसान खान के नाम शामिल बा।

‘स्टेज ओ टी टी’ टीम का तरफ से अमर दुबे आ धर्मेंद्र सिंह मौजूद रहलें। अमर दुबे कहलन कि ‘स्टेज’ हर तरह के कलाकारन आ निर्मातन का साथे खड़ा बावे आ हमनिका मनोरंजन जगत में एगो क्रांति लेके आवत बानीं। धर्मेंद्र सिंह निर्माता टीम के शुभकामनाएं दीहलन। बतवलन कि ‘स्टेज’ अलग अलग तरह के कहानी ले के आवे वाला बा।

 

0 Comments

Recent Posts