बकरीद का दिने बकरा कुर्बान
- टीम अंजोरिया

बकरीद का दिने बकरा कुर्बान

 

Image Source : ChatGPT

पता ना ई महज एगो संजोग हवे कि जानल बूझल योजना। इस्लामी मान्यता का हिसाब से बकरीद का दिने मजहबी लोग आपन सबले प्रिय के कुर्बान करेलें। कांग्रेस अपना के मुसलमानन से खुलेआम जोड़ेले आ मुस्लिम मान्यता का हिसाब से चलेले। शायद एही चलते आजु बकरीद का दिन राहुल गाँधी अपना सबले प्रिय के कुर्बान करा दिहलें। पिछड़ा आ मुसलमानन के पैरोकार होखे के दावा करे वाला राहुल गाँधी पिछड़ा वर्ग से आवेवाला कांग्रेस के इकलौता मुख्यमंत्री सिद्धारमैया से इस्तीफा दिलवा दिहलन।

काल्हु साँझ ले देश में कांग्रेस के चार गो मुख्यमंत्री पद पर रहलन – हिमाचल प्रदेश, कर्नाटक, तेलंगाना, आ केरलम में। एहमें तीन गो मुख्यमंत्री सामान्य वर्ग से आवेलें आ इकलौता कांग्रेसी मुख्यमंत्री रहलन सिद्धारमैया। बाकिर इनको के एगो दोसर सामान्य वर्ग से आवे वाला डीके शिवकुमार के मुख्यमंत्री बनवावेला बकरीद का दिने कुर्बान कर दीहल गइल।

दोसरा तरफ एक जमाना में ब्राह्मण बनिया के पार्टी कहाए वाला भारतीय जनता पार्टी में पिछड़ा वर्ग के मुख्यमंत्री आ मंत्रियन के भरमार बा। बाकिर भाजपा कबो जाति के राजनीति ना करे। ऊ हमेशा हिन्दूवन के एकजुट राखे ला हिन्दूवन के जाति में बाँट के देखे का विरोध में रहेले। जबकि कांग्रेस खुलेआम पिछड़ा वर्ग आ मुसलमानन के पैरोकार पार्टी बन के रह गइल बिया। अलग बात बा कि कांग्रेस आ नेहरू परिवार से आवे वाला तीनो प्रधानमंत्री – जवाहर लाल, इन्दिरा, आ राजीव – हमेशा पिछड़ा वर्ग का खिलाफ बोलते ना कामो करत आइल बाड़न। आजु का राजनीतिक माहौल में जब कांग्रेस देखलसि कि बाकी विपक्षी पीडीए के बात करत बाड़न त काहें ना उहो एही जमत में शामिल हो जाव। आ राहुल गाँधी तब से खुलेआम जाति जनगणना के पैरोकार बन के घूमे लागल बाड़न।

ई लेख लिखे से पहिले सिद्धारमैया कर्नाटक के मुख्यमंत्री पद से आपन इस्तीफा राज्यपाल सचिवालय में सँउप आइल बाड़न। सिद्धारमैया के कुर्बान करे के पाक दिन छूट ना जाव एहसे कांग्रेस उनुका के राज्यपाल के आवे तकले इंतजारो करे के अनुमति ना दिहलसि। आ शायद ई पहिल बेर हो रहल बा कि कवनो राज्य के मुख्यमंत्री आपन इस्तीफा राज्यपाल सचिवालय में दे के आइल बा। उमेद कइल जाव कि परवरदिगार काग्रेस के एह कुर्बानी के कुबूल कर के आपन रहमत दरसाई।

 

0 Comments

Recent Posts