‘‘देवता’’ से भोजपुरी परदा पर अइहन अंजनी चतुर्वेदी

के आर. सी फिल्मस के बैनर तले बनत निर्माता विजय प्रसाद आ निर्देशक ब्रजभूषण के फिल्म ‘‘देवता’’ से भोजपुरी परदा पर एगो नया सितारा उगे जात बा. एह सितारा के नाम हवे अंजनी चतुर्वेदी. फिल्म “देवता” के मुख्य नायक हउवे अंजनी आ नायिका बाड़ी दिव्या द्धिवेदी. अंजनी के किरदार गाँव के एगो सीधा-सादा कॉलेजिया नवही के बा.

उत्तर प्रदेश के बलिया के रहेवाला अंजनी चतुर्वेदी अभिनय के प्रशिक्षण मशहूर अभिनय प्रशिक्षक विदूर सर से लिहले आ एक्शन अउर डांसो के विधिवत प्रशिक्षण लिहले बाड़न

फिल्म में अंजनी का साथे दिव्या द्धिवेदी, राकेश चतुर्वेदी, श्रीकंकानी, गोपाल राय, किरण यादव, विजय प्रसाद, डॉ राजेश अस्थाना, विजय खरे, आशुतोष खरे, सुजीत सार्थक आ संजय पाण्डेय के प्रमुख भूमिका बा. आईटम क्वीन सीमा सिंह आ रूपशिखा पर दिलकश आईटम गीत फिल्मावल गइल बा. संगीतकार हउवन के. रत्नेश, आ एक्शन मास्टर जीतू सिंह. अंजनी अपना “देवता” से बहुते आस बन्हले बाड़े.


(प्रशांत निशांत के रपट)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।