‘खन-खन बोले मोरा कंगना’ के लोकार्पण कइले अनूप जलोटा

जे. एम. ब्रदर्स आ दिलीप अग्रवाल के प्रस्तुति भोजपुरी फिल्म ‘‘खन-खन बोले मोरा कंगना’’ के लोकार्पण बहुते धूम-धाम से मुंबई के अंधेरी (पश्चिम) वर्सोवा के साउण्ड ऑफ म्युजिक स्टूडियों में अनूप जलोटा आ आचार्यश्री कमलेश मिश्रा जी के हाथे नारियल फोड़वा के कइल गइल. एह मौका पर भोजपुरी इंडस्ट्री से प्रिया कपूर, कोमल ढिल्लन, सिला गुप्ता, चुन्नु मेहरा, अभिषेक तिवारी, राजू, हरीष जयसवाल, वगैरह लोग मौजूद रहल.

फिल्म के निर्देशक अजय अग्रवाल बतवलन कि ई एगो एक्शन आ रोमांस से भरपूर मनोरंजक फिलिम होई. एहमें आठ गो गाना बाड़ी सं जवन सुने में बहुते नीक लागत बाड़ी सं. फिल्म जल्दिये रिलीज होखे वाली बा.

निर्माता जितेश अग्रवाल आ मितेश अग्रवाल, लेखक-निर्देशक अजय अग्रवाल, प्रस्तुति शारदा अग्रवाल के, गीत संगीता शिप्रा के संगीत कृष्ण स्वरूप के, छायांकन गोपाल डे के, नृत्य शैलेष कोली निर्देशित आ फाईट दिलीप के. यादव निर्देशित. सह निर्माता विजय अग्रवाल. मुख्य कलाकारन में विजय लाल यादव, कोमल ढिल्लन, रंजन सिंह, शिखा, ब्रजेश त्रिपाठी वगैरह के नाम बा.


(संजय भूषण पटियाला के भेजल रपट)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।