महुआ टीवी पर नया शो नहले पे दहला
-

“सुर-संग्राम” के दू गो सीजन सफलता के साथ पूरा भइला का बाद भोजपुरी टीवी चैनल महुआ टीवी पर शुरु होखे जा रहल बा भोजपुरी गायिकी में नन्हे सुरताजन के संग्राम “नहले पे दहला”. शो ४ फरवरी से प्रसारित होखल शुरु होई. हर शुक आ शनिचर के रात आठ बजे से देखावल जाये वाला एह शो में निर्माता “द राईट पिक्चर कंपनी” देश के तीन गो राज्य के सात गो शहर में बीस हजार प्रतिभागियन में से चुनल दस गो गायकन के पेश करे जा रहल बिया. दर्शक भोजपुरी सभ्यता संस्कृति से जुड़ल गीत संगीत का साथ साथ एह नवही टीन एज प्रतिभागियन से पॉपुलर गीत संगीत अउर पारंपरिक लोको गीत सुने के आनन्द लीहें.

४ फरवरी के देखावल जाये वाला एपिसोड में अलग अलग शहरन में भइल आडिशन के झलकी देखावल जाई आ ५ फरवरी वाला एपिसोड में दिल्ली में भइल मेगा आडिशन के दृश्य देखावल जाई. एह मेगा आडिशन का बाद दस गो प्रतिभागी, पाँच गो लड़िका पाँच गो लड़िकी, के चुनल जाई जे एह प्रतियोगिता में शामिल होखीहें. एह प्रतिभागियन के गीत संगीत के बारीकी से अवगत करावे के काम मशहूर संगीतकार जोड़ी सतीश आ अजय करीहें.


(स्रोत – प्रशान्त-निशान्त)

2 Comments

  1. manishyadav

    chotko laekan ke sadh pura ho jae

  2. Sanjay kumar bharti

    Hamara bahut achha lagela hamhu jural chah tani

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..