बिहार के खबर
  • (बियफे, 27 अक्टूबर)
    • बेगूसराय के रतनपुर इलाका के एगो बगइचा से सोमार का दिने अगवा सात साल के लड़िका हर्ष कुमार के लाश बुध का साँझ में बरामद भइल.
    • पटना जिला के मनेर इलाका में बियफे का दिने गंगा नहाये गइल एगो बुजुर्ग अपना चार गो पोता-पोती का साथे नदी में डूब गइले. एहो लड़िका के लाश निकालल गइल बा.
    • छठ पूजा के भीड़ सम्हारे खातिर नईदिल्ली पटना, दिल्ली दरभंगा, दिल्ली पटना त्रिसाप्ताहिक सुपर फास्ट. सरायरोहिल्ला पटना त्रिसाप्ताहिक विशेष, आ सरायरोहिल्ला दरभंगा द्विसाप्ताहिक विशेष ट्रेन समेत चौंसठ फेरा स्पेशल ट्रेन चलावल जाई.बियफे से ले के मंगल ले रोजाना नई दिल्ली पटना अनारक्षित ट्रेन चलावल जाई.
    • शिक्षक पात्रता परीक्षा अब दिसम्बर का बदले जनवरी में करावल जाई. ई बाति मानव संसाधन विकास मंत्री पी के शाही कहले बाड़े.
    • पटना के दीघा इलाका के एगो मठ से बियफे का दिने एगो महंत के लाश मिलल बा. पुलिस मामिला के तहकीकात करत बिया. महंत के हत्या होखे के अनेसा बतावल जात बा.
    • छपरा सोनपुर रेल खंड पर नयागाँव टीसन का लगे एगो ट्रैक्टर ट्राली अप मौर्य एक्सप्रेस का चपेटा में आ गइल बाकिर संजोग से केहू हताहत नइखे भइल.
    • सिवान जिला के अलग अलग इलाका से तीन गो लाश मिलल बा जवना में से एगो लाश कवनो डेढ़ महीना के लड़िका के बा.
    • रोहतास के चेनारी इलाका से शिवमुनी खरवार नाम के एगो माओवादी के गिरफ्तार कइल गइल बा जवना पर रोहतास आ कैमूर जिला में एक दर्जन से बेसी केस दर्ज बा.
    • सरकार पटना के तेइस गो घाट के खतरनाक घोषित कर के लोग से निहोरा कइले बिया कि छठ का दिने ओह घाटन पर मत जाव लोग. सरकार वैकल्पिक व्यवस्था करे में लागल बिया.
    • घोड़ासहन इलाका में आपसी दुश्मनी में बंगड़ी गाँव के एगो आदमी के हत्या बुध का राते कर दिहल गइल.

    0 Comments

    आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

    anjoria@rediffmail.com

    अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

    Recent Posts

    🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

    अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

    🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।