बिहार के खबर

(सोमार, 31 अक्टूबर)

  • अतवार का दिने नहाय खाय का बाद सोमार का दिने श्रद्धापूर्वक खरना कइल गइल. अब मंगल का दिने निर्जल उपवास कर के छठी माई के पूजा कइल जाई, साँझ बेरा डूबत सूरुज के अरघ दिहल जाई आ बुध का सबेरे उदय होखे वाला सुरुज के अरघ दिहला का साथे भोजपुरी इलाका के सबले बड़ पर्व छठ पर्व के समापन हो जाई. छठ पूजा खातिर प्रदेश भर में नदी तालाब किनारे घाट बनावल जात बा, रास्ता के सफाई होत बा कि कवनो छठव्रती के गोड़ में कंकड़ ना गड़े भा कवनो अशुद्ध चीज से संपर्क ना होखे.
  • किशनगंज के मोहम्मद हासिम के नेपाल सीमा पर सीमा सुरक्षा बल बाईस बटालियन के अधिकारी पाँच करोड़ रुपिया के ब्राउन सुगर का साथे गिरफ्तार कर लिहले.
  • प्रदेश भर में लूट के तीन अलग अलग घटना में अठारह लाख से बेसी रूपिया लूट लिहल गइल. मुजफ्फरपुर में चीनी व्यवसायी अजय कुमार से दस लाख रुपिया. जमुई में एगो तेल एजेंसी के मुनीम से सात लाख रूपिया आ शिवहर जिला के बराही गाँव में एगो किसान का घर से लाखों रूपिया के संपत्ति लूट लिहल गइल.
  • पटना के एलसीटी घाट पर गंगा में नहाये का दौरान तीन गो युवक डूब के मर गइले. तीनो के लाश मिल गइल बा. तीनो मैनपुरा मुहल्ला के रहले.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।