शेविंग ब्लेड बेचवावे चलली सीमा सिंह

मरदन के शेविंग ब्लेड के प्रचार करावे खातिर कवनो अदकारा के भारी भरकम रकम दिहल जाव त चउँकल लाजमी बा. बाकिर अइसने कर देखवले बाड़ी भोजपुरी डांसिंग क्वीन सीमा सिंह. सीमा सिंह शेविंग ब्लेड बनावे वाली कंपनी जेलेट खातिर यूपी आ बिहार में प्रमोशन शो करीहें. एह खातिर सीमा सिंह के भारी भरकम रकम मिलल बा. ई पहिला बेर होखे जात बा कि कवनो अदाकारा शेविंग ब्लेड के प्रमोशन करे निकलीहें. पिछला दिने जब डांसिंग क्वीन सीमा सिंह एह कंपनी के दू गो खास शो बिहार के देवघर में कइली त हर तरह उनुका डांस के चरचा होखे लागल.

सीमा सिहं एह प्रचार शो के आफर पा के चकित रहली, बाकिर सकार लिहली. अब सौ से बेसी फिलिम कर चुकल सीमा सिंह के एह उपलब्धि खातिर उनुका बधाई मिलत बा.


(शशिकांत सिंह के रपट से)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।