होली से पहिले उबटन लगवावल ना भूलासु मनोज तिवारी

सिनेमा भोजपुरी के मेगा स्टार आ लोकप्रिय गायक मनोज तिवारी ‘मृदुल’ के आजुवो होली से एक दिन पहिले उबटन लगवावल नीमन लागेला. कहेलन कि उनुका इयाद बा कि माई हमनी सगरी भाई बहिन के पिसल सरसो के उबटन लगावत रहुव. पहिले त हमनी का उबटन का नामे से भाग पराईं सँ काहे कि ऊ ठण्डा लागत रहे. बाकिर बाद में जब पकड़ बईठा के जबरिया लगा दिहल जाव त फेर मजा आवत रहे.

होली का मौका पर मनोज तिवारी अपील कइले बाड़न कि होली रंग के त्योहार ह, एकरा के शालीनता से मनावे के चाहीं.

एह साल होली का मौका पर मनोज तिवारी के नया अलबम आइल बा ‘रंग ले के दौड़े हनुमान जी’ आ लोग एकरा के खुब पसन्द करत बा.

एह साल मनोज तिवारी अपना गाँवे होली मनइहें जवना से ओह लोग के मायूसी होखी जे मुंबई में मनोज तिवारी के अँधेरी बंगला के होली के मजा लूटत रहे. ओहिजा गुझिया खाये के मिलत रहे आ ढोल मजीरा का साथ फगुआ मनावल जात रहे.


(शशिकांत सिहं – रंजन सिन्हा के रपट से)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।