6 दिन में 8 गो आयटम नम्बर कइली सीमा सिंह
-

सिनेमा भोजपुरी के डांसिंग क्वीन सीमा सिंह पिछला दिने एगो रेकार्ड बना दिहली जब मात्र छह दिन का भीतर ऊ आठ गो फिलिमन के आयटम नम्बर के शूटिंग कइली. ई फिलिम भोजपुरी के बड़का निर्माता निर्देशकन के रहल जवना में मँजल कलाकार काम करत बाड़े.

निर्देशक रमाकांत प्रसाद के ‘जान तेरे नाम’, फिल्म सिटी स्टूडियो में ग्रीन चिली इंटरटेनमेंट के फिल्म ‘गोला बारूद’खातिर चिकनी चमेली स्टाइल के लविश डांस, ‘जख़्मी औरत’ खातिर भिवण्डी के पायल थियेटर में, दयाल निहलानी के ‘प्यार के पारा चढ़ गईल’ के शूटिंग सिलवासा में, ‘दबंग मोर बालमा’, ‘हीरो’, ‘कालिया’ खातिर जहानाबाद जात बाड़ी त बनारस में राजुकमार पांडे निर्देशित फिल्म ‘सौगंध गंगा मईया के’ आ मुंबई में जगदीश शर्मा निर्देशित फिल्म ‘एक बिहारी सौ पर भारी’ खातिर आयटम नंबर कइली.

सीमा सिंह अबहियो भोजपुरी सिनेमा के हॉट केक आयटम डांसर बाड़ी आ फिल्म में इनकर आयटम नंबर होखल फिल्म के सुपर हिट होखला के गारंटी मानल जाला.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट से)

0 Comments

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..