होली पर बिहार में रिलीज होखी ‘प्राण जाई पर वचन न जाई’

भोजपुरी फिल्म ‘प्राण जाई पर वचन न जाई – एक वादा’ एह साल होली पर बिहार में हंगामा मचावे आवत बिया. भोजपुरिया दर्शक सिनेमा भोजपुरी के सदाबहार सुपर स्टार रवि किशन के एह फिलिम में देखीहें.

तीन तीन गो अभिनेता आ अभिनेत्रियन का बीच एह फिलिम में मुख्य भूमिका अदा करे वाला रवि किशन के किरदार एह फिल्म में नकारात्मक बा. बाद में इन्टरवल का बाद उनुकर किरदार सकारात्मक हो जाई. एह फिलिम के सबले खास बाति बा कि ई धर्म नगरी काशी का पृष्ठभूमि पर बनल बा आ सगरी सीन बनारसे के बावे. ई फिलिम पारिवारिक ड्रामा हवे. सवा करोड़ लगा के बनावल एह फिलिम के संगीत बहुते बढ़िया बा. एकर मसालेदार आयटम नम्बर ‘साढ़े तीन बजे मुन्नी ज़रूर मिलना’ पहिलही से बाजार में धूम मचवले बा.

फिल्म निर्माता महिपालदास गुप्ता के कहना बा कि एहमें अधिका कलाकार बनारसे के बाड़े आ बनारस में शूटिंग करे के मकसद रहुवे कि एहिजा के उभरत कलाकारन के प्रोमोट कइल जाव. आइटम नंबर “साढ़े तीन बजे मुन्नी जरूर आना” से बहुते उत्साहित महिपाल गुप्ता के अपना फिलिम से निकहा कमाई करे के उमेद लागल बा.

त चलीं अबहिये से तइयार हो जाईल जाव एह फिलिम के जलवा देखे खातिर आ रंग में डूबे खातिर.

मुन्नी के साढ़े तीन बजे बोलवले बाड़न रविकिशन

बिहार के अख़बारन आ जगहे जगह लालग होर्डिंग अउर पोस्टरन में लउकत एगो विज्ञापन आजुकाल्हु चरचा के विषय बनल बा. एहमें रविकिशन के निमन्त्रण देखावल गइल बा मुन्नी खातिर कि साढ़े तीन बजे जरूर अइहऽ भेंट करे. गाना त पहिलही से लोग का दिलो दिमाग पर चढ़ल बा.

फिल्म के मुख्य कलाकारन में रवि किशन, राजीव दिनकर, निजाम खान, अक्षरा, महक, नीलिमा, जफर खान, विजय बहल, अशोक सेठ, राजेश तोमर, शिवा वर्मा, राजेश सिंह, अरविंद श्रीवास्तव का अलावे आइटम गर्ल सपना आ रूबी सिंह शामिल बाड़े. निर्देशक के.डी., छायांकन फिरोज खान, एक्शन मसूद पटेल, संगीत राजेश-रजनीश आ गीत विनय बिहारी के बा.


(शशिकांत सिंह आ उदय भगत के रपट से)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।