भोजपुरिया माटी के करजा चुकइहे अंजना

भोजपुरी फिल्म जगत में हॉट केक बन गइल मशहूर अभिनेत्री अंजना सिंह एह महिना के आखिरी हफ्ता में भोजपुरी फिल्म जगत में अपना अइला के पहिला सालगिरह मनावे जात बाड़ी. एह एक साल में ऊ अपना अदाकारी से दर्शकन के दिल त जीतिये लिहले बाड़ी, निर्माता – निर्देशकन आ साथी कलाकारनो के अपना ओर आकर्षित कइले बाड़ी. इहे वजह बा कि अंजना सिंह एक साल का भितरे भोजपुरी सिनेमा के सगरी बड़का कलाकारन का साथे काम करे के मौका पा चुकल बाड़ी.

रवि किशन के साथ फौलाद से बड़का परदा पर डेग धरे वाली अंजना पवन सिंह का साथे ट्रक ड्राइवर, लावारिस, निरहुआ का साथे एक बिहारी सौ पर भारी आ वर्दी वाला गुंडा, खेसारी लाल का साथे दिल ले गइल ओढनिया वाली अउर देवरा पर मनवा डोले, रवि किशन आ मनोज पाण्डेय का साथे कईसन पियवा के चरित्तर बा वगैरह फिलिमन में काम कइले बाड़ी. एह आठ फिलिमन के बाद अब अंजना निर्देशक जगदीश शर्मा के फिलिम “कर्जा माटी के” साइन कइले बाड़ी. एह फिलिम में उनुका साथे बाड़न विराज भट्ट.

बकौल अंजना – भोजपुरिया माटी के उनुका पर बड़हन करजा बा जवना के उतार पावल एह जनम में त संभव नइखे बाकिर फिलिम के नामे से सही ई करजा उतारे के प्रयास जरूर करीहे.


(उदय भगत के रपट से)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।