मिलिंद गुणाजी कइलन फिल्म ‘‘काण्ड’’ के मुहूर्त

देवदास, त्रिकाल जइसन सुपरहिट हिन्दी फिलिमन में दमदार भूमिका करे वाला मिलिंद गुणाजी पिछला दिने अंधेरी (प), लोखवाला स्थित टाईम अगेन होटल में फिल्म ‘काण्ड द स्केण्डल’ के महुर्त दिया जरा के कइले. एह मौका पर फिल्म जगत के जानल पहिचानल चेहरन में बुद्धराम सनोबत, संदीप पी. जागव, उपासना सिंह, अवतार गिल, हिमानी शिवपुरी, मुश्ताक खान, अनिल नागरथ, हरीश जयसवाल, हरीश गुप्ता, नूतन पंकज आ संजय भूषण पटियाला वगैरह लोग मोजूद रहुवे.

फिल्म के निर्देशक संजीव लोखन पटेल बतवलन कि ‘काण्ड द स्केडल’ एगो साँच घटना पर आधारित बावे. कहलन कि कहानी के खुलासा अबही नइखन कइल चाहत. कहलन कि प्रदर्शन के समय एह फिल्म से राजनीति जगत में हलचल मच जाई. ई एगो अइसन राजनेता के कहानी ह जे खुदही नियम बनावेला आ खुदही तूड़ेला. दोसरा के तूड़ला पर त ओकरा के सजा दिहल जाला बाकिर जे खुदे आपन नियम तूड़त होखे ओकरा के दण्ड के दी ??

“काण्ड” फिल्म के शूटिंग जल्दिये मध्य प्रदेश के जबलपुर में कइल जाई. एह फिल्म के अधिकतर कलाकार जबलेपुर के हउवें. मकसद बा स्थानीय कलाकारन के बढ़ावा देबे आ बेरोजगारन के सुधारत सही राह पर ले आवे के.

फिल्म के कहानी पी॰ चन्द्रकान्त के लिखल, पटकथा संवाद आ निर्देशन संजीव लोखन पटेल के, संगीत बी. एस. अखिलेश के, छायाकन हंसमुख राजपूत के, नृत्य अनीस खान के, आ मारधाड़ राजू दास के रही. मुख्य कलाकारन में मिलिंद गुणा जी, रीमा लागू, मोहन जोशी, हिमानी शिवपुरी, मुश्ताक खान, अवतार गिल, उपासना सिंह, किरन कुमार, देवराज, नितिन गोस्वामी, अमित चौधरी, रौशनी डी कुन्ना, ऐलीना सूद, प्राजकता, सांझ, योगेश मिश्रा वगैरह बाड़े.


(संजय भूषण पटियाला के रपट से)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।