‘‘जान तेरे नाम" में खेसारीलाल-विराज भट्ट पहिला बेर साथ-साथ

भोजपुरी के नयका स्टार खेसारी लाल यादव आ एक्शन स्टार विराज भट्ट के जोड़ी पहिला बेर एक साथ प्रसिद्ध निर्माता-निर्देशक रामाकांत प्रसाद के ‘‘जान तेरे नाम’’ में नजर आवे वाली बा. आदिशक्ति इंटरटेनमेंट आ सीता आर्टस प्रस्तुत कुमारी माई मूवीज के बैनर तले बनल एह फिल्म में खेसारीलाल आ विराज भट्ट के जबरदस्त टक्कर देखे के मिली.

फिल्म में खेसारी के नायिका बाड़ी नवोदित तनुश्री चटर्जी आ विराज के नायिका प्रिया शर्मा. साथी कलाकारन में नीरज पौडेल, मनीष चतुर्वेदी, देव सिंह, धामा आ ब्रजेश त्रिपाठी बाड़े. निर्माता-निर्देशक रामाकांत प्रसाद आ लेखक हउवें मनोज के॰ कुशवाहा.


(प्रशांत निशांत के रपट से)

1 Comment

  1. shrawan

    wow superrb film

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।